मंगल के दाता रउआ बिगड़ी बनाईं जी

मंगल के दाता रउआ बिगड़ी बनाईं जी

Mangal ke Data Raua Bigadi Banai Ji

मंगल के दाता रउआ बिगड़ी बनाईं जी,
गौरी के ललना हमरा अंगना में आईं जी,
आसन लगाई आके शोभा बढ़ाईं जी,
गौरी के ललना हमरा अंगना में आईं जी ।।

सब देवता में रउआ पहिले पुजाइले,
भक्तन की टेर सुनी देर न लगाइले,
मुस पर सवार होके दरश दिखाईं जी,
गौरी के ललना हमरा अंगना में आईं जी ।।

जहां रउआ जाई अन धन बरसेला,
सिद्ध होला काज सब विघन कटेला,
शुभ लाभ रिद्धि सिद्धि संग में ले आईं जी,
गौरी के ललना हमरा अंगना में आईं जी ।।

गणेश भजन लिरिक्स। गणेश आरती। गणेश चालीसा । गणेश मंत्र । गणेश शुभ लाभ मंत्र

Mangal ke Data Raua Bigadi Banai Ji

इन गणेश भजन को भी देखे –

Leave a Comment